Bhojpuri Bhajan Lyrics In Hindi: ए गणेश के पापा, निमिया के दाढी मईया, का लेके शिव के मनाईब जैसे टॉप 10 भोजपुरी भजन के लिरिक्स यहां देखें

Bhojpuri Bhajan Lyrics In Hindi: Top 10 Bhojpuri Bhajan List: भोजपुरी भजन भी काफी मशहूर है. अधिकतर कथावाचक भी भोजपुरी भजन(Bhojpuri Bhajan) गाते हुए सुनाई पड़ जाते हैं. कई घरों में भी भोजपुरी भजन सुनाई देते हैं. तो चलिए आपको बताते हैं भोजपुरी के मशहूर भजनों के लिरिक्स(Bhojpuri Bhajan Lyrics in Hindi)..

Update: 2025-07-01 08:12 GMT

Bhojpuri Bhajan Lyrics In Hindi

Bhojpuri Bhajan Lyrics Hindi, Top Bhojpuri Bhajan with Full Lyrics: हमारे हिन्दू धर्म में भजन का बहुत महत्व है. कहा जाता है ईश्वर की स्तुति, आराधना और भक्ति का एक आसान तरीका है. भजन-कीर्तन कर बेहद ही आसानी से भगवान का ध्यान किया जा सकता है. भजन सुनने और गाने के तो कई फायदे भी है.

बड़े बुजुर्ग कहते हैं जब आप परेशान हो या मन अशांत हो आप भजन सुन लीजिये आपका मन तुरंत शांत जायेगा. इतना ही नहीं तनाव कम होता है और मानसिक शांति मिलती है. कहा ये भी जाता है जब प्रेम और भक्ति में डूबा इंसान यदि सच्चे मन से भगवान का भजन या कीर्तन करता है तो ईश्वर की कृपा मिलती है.

हिन्दू धर्म में कई भाषाओँ में भक्ति गाने और भजन है जैसे कि हिंदी, भोजपुरी, मैथिलि, छत्तीसगढ़ी, पंजाबी.... सबसे ज्यादा लेकिन हिंदी भजन(Hindi Bhajan) सुने जाते हैं. उसके बाद भोजपुरी भजन भी काफी मशहूर है. अधिकतर कथावाचक भी भोजपुरी भजन(Bhojpuri Bhajan) गाते हुए सुनाई पड़ जाते हैं. कई घरों में भी भोजपुरी भजन सुनाई देते हैं.

कुछ भोजपुरी सिंगर है जिनके भजन काफी मशहूर है. जो हर घर में सुने जाते हैं. भोजपुरी सिंगर कल्पना पटवारी (Bhojpuri Singer Kalpana Patowary) का भजन, "ना हमसे भंगिया पिसाई ए गणेश के पापा" (Na Hamse Bhangiya Pisai A Ganesh Ke Papa Lyrics), सिंगर भरत शर्मा व्यास का "निमिया के डाढ़ मईया" (Nimia Ke Dadhi Maiya Lyrics), सिंगर पवन सिंह(Singer Pawan Singh) का "अडहुल के फुल" (Adhaul Ke Phool), और सिंगर खेसारी लाल यादव(Singer Khesari Lal Yadav) का चुनरियाँ लेले अईहा...(Chunariya Lele Aaiha Lyrics) भजन हर घर में सुनने को मिलता है... तो चलिए आपको बताते हैं भोजपुरी के मशहूर भजनों के लिरिक्स(Bhojpuri Bhajan Lyrics in Hindi)..

"ना हमसे भंगिया पिसाई ए गणेश के पापा" (Na Hamse Bhangiya Pisai A Ganesh Ke Papa Lyrics In Hindi)

ना हमसे भंगिया……. आ……

ना हमसे भंगिया पिसाई एक गणेश के पापा

की नईहर जात बानी

धाला कोमल हमारे कलाई ए गणेश के पापा

साँच कहीं बात मानी ।।

भंगिया धथुरवा राउर हमसे न पिसाई

बसहा के डोरी धा के घुमल न जाई ।।

काहे करेनी अखियाँ……

काहे करेनी अखियाँ लाल ये गणेश के पापा

काहे खिसियात बानी ……।।

धाला कोमल हमारे कलाई ए गणेश के पापा

साँच कहीं बात मानी

गरवा के सांप राउर छोड़े फुफकारी

पिए खातिर दूध मांगे समझी लाचारी…. ।।

केकरा केकरा के…..

केकरा केकरा के सम्हारी हम गणेश के पापा

रउआ गरमात बानी …..।।

ना हमसे भंगिया पिसाई एक गणेश के पापा

की नईहर जात बानी

खाईले न खुआ मलाई, बहुते सताई ले

24 घंटा हमसे भाँग पिसवाई ले…।।

लईका दू दू गो बा…….

लईका दू दू गो बा छोटे छोटे गणेश के पापा

दुःख में दिन रात बानी…।।

ना हमसे भंगिया पिसाई एक गणेश के पापा

की नईहर जात बानी

धाला कोमल हमारे कलाई ए गणेश के पापा

साँच कहीं बात मानी...

Full View

निमिया के दाढी मईया (Nimia Ke Dadhi Maiya Lyrics In Hindi)

निमिया के दाढी मईया

निमिया के दाढी मईया

डालेली असनवा की झूमी झूमी न

मईया झुलेली झुलनवा की झूमी झूमी न

मईया झुलेली झुलनवा की झूमी झूमी न

निमिया के दाढी मईया

निमिया के दाढी मईया

डालेली असनवा की झूमी झूमी न

मईया झुलेली झुलनवा की झूमी झूमी न

मईया झुलेली झुलनवा की झूमी झूमी न

सातों रे बहिनिया के भैरो हवे भईया

आदिशक्ति देवी के अनेक बाटे नईया

सातों रे बहिनिया के भैरो हवे भईया

आदिशक्ति देवी के अनेक बाटे नईया

जेकरा सहारा नाइखे

जेकरा सहारा नईखे राखेली असनवा

की झूमी झूमी न

मईया देली वरदनवा की झूमी झूमी न

मईया देली वरदनवा की झूमी झूमी न

कामरो कामाख्या, कलकत्ता वाली काली

मईहर में शारदा, विंध्याचल विंध्यवाली

कामरो कामाख्या, कलकत्ता वाली काली

मईहर में शारदा, विंध्याचल विंध्यवाली

कश्मीर में वैष्णो देवी

कश्मीर में वैष्णो देवी जानेला जहनवा

की झूमी झूमी न

भक्त करे दर्शनवा की झूमी झूमी न

भक्त करे दर्शनवा की झूमी झूमी न

आरा ऐरनदेवी (आरण्यदेवी) , बिहिया में महतिन दाई

शीतला बनारस बाड़ी अन्नपूर्णा माई

आरा ऐरनदेवी (आरण्यदेवी) , बिहिया में महतिन दाई

शीतला बनारस बाड़ी अन्नपूर्णा माई

बड़ा भीड़ होला ओहिजा

बड़ा भीड़ होला धनतेरस के विहनवा की झूमी झूमी न

मईया देली अन्न-धनवा की झूमी झूमी न

मईया देली अन्न-धनवा की झूमी झूमी न

रजरप्पा छिन्नमस्तिका , काकीमर तारारानी

बाड़ी उजियार धातु मंगला भवानी

रजरप्पा छिन्नमस्तिका , काकीमर तारारानी

बाड़ी उजियार धातु मंगला भवानी

गहमर सकरागढ़ में कामाख्या अस्थनावा

की झूमी झूमी न

करे सब जन पुजनवा की झूमी झूमी न

करे सब जन पुजनवा की झूमी झूमी न

भलुनी भवानी, पटदेवी थावे वाली

बाड़ी गुरुवयूर डुमरेजनी अउरी काली

भलुनी भवानी, पटदेवी थावे वाली

बाड़ी गुरुवयूर डुमरेजनी अउरी काली

सावन सप्तमी के चढ़े पुआ पकवनवा

की झूमी झूमी न

भरत गावेले भजनवा की झूमी झूमी न

भरत गावेले भजनवा की झूमी झूमी न

निमिया के दाढी मईया

निमिया के दाढी मईया

डालेली असनवा की झूमी झूमी न

मईया झुलेली झुलनवा की झूमी झूमी न

मईया झुलेली झुलनवा की झूमी झूमी न...

Full View

का लेके शिव के मनाईब हो(Ka Leke Shiv ke Manayi Ho Lyrics In Hindi)

का लेके शिव के मनाईब हो शिव मानत नाही,

का लेके शिव के मनाईब हो शिव मानत नाही,

का लेके शिव के मनाईब हो शिव मानत नाही,

पुरी कचौड़ी से शिव के मनहू ना भावे

पुरी कचौड़ी से शिव के मनहू ना भावे

भांग धतूर कहा पाइब हो शिव मानत नाही

भांग धतूर कहा पाइब हो शिव मानत नाही

का लेके शिव के मनाईब हो शिव मानत नाही

शाल दुशाला शिव के मन हू ना भावे

शाल दुशाला शिव के मन हू ना भावे

मृगा के छाल कहां पाइब हो शिव मानत नाही

मृगा के छाल कहां पाइब हो शिव मानत नाही

का लेके शिव के मनाईब हो शिव मानत नाही

मोटर गाड़ी शिव के मनहू ना भावे

मोटर गाड़ी शिव के मनहू ना भावे

बसहा बैल कहा पाइब हो शिव मानत नाही

बसहा बैल कहा पाइब हो शिव मानत नाही

का लेके शिव के मनाईब हो शिव मानत नाही

कोठा अटारी शिव के मनहू ना भावे

कोठा अटारी शिव के मनहू ना भावे

टुटली मडइया कहा पाइब हो शिव मानत नाही

टुटली मडइया कहा पाइब हो शिव मानत नाही

का लेके शिव के मनाईब हो शिव मानत नाही

का लेके शिव के मनाईब हो शिव मानत नाही

Full View

अड़हुल के फूल (Adahul ke phool Lyrics In Hindi)

प्रेम से बोलो सच्चे दरबार की जय !

अड़हुल के फूलवा से हरवा बनवनी हो लाले लाले

लाले लाले !

सड़िया टिकुलिया महावर लवनी हो लाले लाले

आवs हो चलs !

माई बोलवले बाड़ी

आसन लगवले बाड़ी

चलs करे दर्शन की जिया हरसाये

राते मयरिया सपना देखवली

चलs चुनरी चढ़ावे

अरे जियs !

आये हाय हाय !

चलs चुनरी चढ़ावे

आये हाय हाय !

हां चलs चुनरी चढ़ावे

कलशा रखाईल दियरी जग मग जरता

अउर !

भक्ति के भाव में मनवा जय जय करता

अच्छा !

झुमका हरवा सुनरे सुनरे

गजरा कजरवा सुनरे सुनरे

श्रद्धा जगवले बाड़ी

आपन बनवले बाड़ी

मंदिर के घंटी जिया भीतरी सुनाये

जियरा में जोगन के जोगवा जगवली

चलs चुनरी चढ़ावे

आये हाय हाय !

चलs चुनरी चढ़ावे

आये हाय हाय !

हां चलs चुनरी चढ़ावे

प्रेम से बोलो जय माता दी !

माई के चरन के धुरिया लिलरा सजी

अउरी !

आ पाँव के पायलिया मन के अंगना बजी

नथुनी बिंदिया निमने निमने

टिका हसुलिया निमने निमने

विनय बिहारी पवन

भईले भक्ति में मगन

गईले गीत दिलवा में श्रद्धा सजाये

माई मोरी दुलरी के सन्देश बाटे

चलs चुनरी चढ़ावे

आये हाय हाय !

चलs चुनरी चढ़ावे

आये हाय हाय !

हां चलs चुनरी चढ़ावे..

Full View

राजा जी खजनवा दे द (Raja Ji Khajanwa De Da Lyrics In Hindi)

अरे राजा जी खजनवा दे द।

रानी जी गहनवां दे द।

राजा जी खजनवा दे द।

रानी जी गहनवां दे द।

पाजी नाम हदीरा ऐसे हीरा रतनवां दे द।

राजा जी खजनवा दे द।

रानी जी गहनवां दे द।

पाजिन हमें अईसन , हीरा ललनवा दे द।

अरे राजा जी खजनवा दे द।

रानी जी गहनवां दे द।

राजा जी खजनवा दे द।

रानी जी गहनवां दे द।

औरी का चाहें। ता हलका हसुनी काड़ा छाड़ा।

पाजु बंद जुमका डाड़ा।

हलका हसुनी काड़ा छाड़ा।

पाजु बंद जुमका डाड़ा।

हलका हसुनी काड़ा छाड़ा।

इहे और मनवा अपना कान के आए रणवा दे द।

राजा जी खजनवा दे द।

रानी जी गहनवां दे द।

राजा जी खजनवा दे द।

रानी जी गहनवां दे द।

इहे और मनवा अपना कान के आए रणवा दे द।

राजा जी खजनवा दे द।

रानी जी गहनवां दे द।

राजा जी खजनवा दे द।

रानी जी गहनवां दे द।

औरि का चाहें।

पाउं के पैजनियां दे द।

कमर कारधनियां दे द।

पाउं के पैजनियां दे द।

कमर कारधनियां दे द।

पाउं के पैजनियां दे द।

कमर कारधनियां दे द।

पाउं के पैजनियां दे द। कमर कारधनियां दे द।

कमर का रधनियां दे द।

इहे पापी चरवा अपना कर के कंगना दे द।

राजा जी खजनवा दे द।

रानी जी गहनवा दे द।

राजा जी खजनवा दे द।

रानी जी गहनवा दे द।

इहे पापी चरवा अपना कर के कंगना दे द।

राजा जी खजनवा दे द।

रानी जी गहनवा दे द।

राजा जी खजनवा दे द।

रानी जी गहनवा दे द।

हमारा तो कुछ ना चाही, यी है इहे इच्छा मनवा माही।

यी है अपनी, गोद के ललनवा दे द।

राजा जी खजनवा दे द।

रानी जी गहनवा दे द।

राजा जी खजनवा दे द।

रानी जी गहनवा दे द।

पाजिन हमें अईसन , हीरा ललनवा दे द।

राजा जी खजनवा दे द।

रानी जी गहनवा दे द।

Full View

ए भोले बाबा ( Ae Bhole Baba Lyrics In Hindi)

देखि ! कैलाश पर्वत पे

भोले बाबा गहरी नींद में सुतल बाड़े

बिहान हो गईल बा ऐ भईया

माता पार्वती जी कईसे भोले बाबा के जगावतानी

भाव बा !

कुहू कुहू बोलेले कोयलिया सगरो शोर होता

शोर होता !

उगले सुरुज देव जग में सगरो अंजोर होता

अंजोर होता !

आ दर्शन करे खातिर भक्तन के जुटनवा भईले ना

ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा

अब बिहनवा भईले ना

ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा !

अब बिहनवा भईले ना !!

बिहनवा भईले ना ! बिहनवा भईले ना !

रउवे इशारा पs चलेले ई धरतिया

रउवे हई संचालक जी

कईसे पोसईहे परानी के परनवा

सुतले रहीहे जब पालक जी

देखी ना परोसल बावे भंगिया के थाली

उठ जाई हाली हाली भोगवा लगाली

लिलरा ना लउके अंजोर की दिनचनवा भईले ना

ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा

अब बिहनवा भईले ना

ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा !

अब बिहनवा भईले ना !!

तुरी के ध्यान हाली कs ली स्नान

राउर जाटा हम ठीक से सजा दिहि

सउसे पहड़िया परल बाटे सून धून

डमरू के तनी सा बजा दिहि

मानी ऐ स्वामी जी अब हमरो कहलका

सभे भईल चिंतित देखी के सुतलका

हिले ना पतईयो अरे लागता उदास

पवनवा भईले ना

ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा

अब बिहनवा भईले ना

ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा !

अब बिहनवा भईले ना !!

Full View

रोवेले रघुराई (Rowele Raghurai Lyrics In Hindi)

शक्तिबाण लागल लक्ष्मण के रोवेले रघुराई

शक्तिबाण लागल लक्ष्मण के रोवेले रघुराई

अखियां खोला बबुआ ,ओह्ह अखियां खोला बबुआ

बोलब केके छोटका भाई अखियां खोला बबुआ ..

का जाके हम कहब अवध में पूछिहै तीनो माई

अखियां खोला बबुआ बोलब केके छोटका भाई अखियां खोला बबुआ ..

राजभवन के त्याग तू हमारा साथे बन में आइला

धरम करम दुनहु से बढ़ भाई के सेवा कइला

फिर बोला तोहरा बिन हमरा कइसे जियल जाइ

अरे कइसे जियल जाइ अखियां खोला बबुआ अखियां खोला बबुआ

आ बोलब केके छोटका भाई अखियां खोला बबुआ

बोलब केके छोटका भाई अखियां खोला बबुआ ..

सूर्यवंश के सूरज डूबी रघुकुल लगी दागी

जुग जुग बात चली इहे भौजाई रहली अभागी

अवध के लोग कही हमके चल अइले जान बचाई आ चल अइले जान बचाई

अखियां खोला बबुआ अखियां खोला बबुआ

बोलब केके छोटका भाई अखियां खोला बबुआ

बोलब केके छोटका भाई अखियां खोला बबुआ

Full View

बाड़ी शेर पर सवार (Baadi Sher Par Sawar Lyrics In Hindi)

हाथ में त्रिशूल गरवा… सोनवा के हार

रुपवा मनवा मोहत बा

त बाड़ी शेर पर सवार, रुपवा मनवा मोहत बा

हमरे विंध्याचल मईया के शोभा देखि

एक हाथे चक्र दूजे सोहे तलवरिया

भगतन के गुंजत बाटे भारी जैकरिया ……

सोना के मुकुटवा सोहे माई के कपार

रुपवा मनवा मोहत बा

त बाड़ी शेर पर सवार, रुपवा मनवा मोहत बा

गदा सोहे फूल सोहे तिरिया धनुषीय

लाल रंग साड़ी मोहे चाँद सी सुरतिया

एक हाथे ॐ धरे… श्रिस्टी के सिंगार

रुपवा मनवा मोहत बा

त बाड़ी शेर पर सवार, रुपवा मनवा मोहत बा

माई के चरण में जाये से पहिले भक्त के मन में का श्रद्धा लागल रहेला

नारियल चढ़इबे माई धुप अगरबत्तियां

फल फूल ढेर लागल माई के बरतिया …

मनवा में दुलके मोहे 2 माई के सिंगार

रुपवा मनवा मोहत बा

त बाड़ी शेर पर सवार, रुपवा मनवा मोहत बा

ये नवरातर में विंध्याचल मैया के सोभा कइसन लागत बाटे भैया

धाम विंध्याचल जैसे ओढले चुनरिया

चमके सितारा चम् चम् हेट ना नजरिया

मन करे आई रोजे… 2 गाई बार बार

रुपवा मनवा मोहत बा

त बाड़ी शेर पर सवार, रुपवा मनवा मोहत बा

हाथ में त्रिशूल गरवा… सोनवा के हार

रुपवा मनवा मोहत बा

त बाड़ी शेर पर सवार, रुपवा मनवा मोहत बा

Full View

डूब जो रे मनवा डमरुआ वाला जोग में(Doob Jo Re Manwa Damarua Wala Jog Main Lyrics In Hindi)

डूब जो रे मनवा डमरुआ वाला जोग में….

डमरुआ वाला जोग में…

डूब जो रे मनवा डमरुआ वाला जोग में…

डम डम के भाव समझ ले एकरा में रहस्य भरल बा

बम बम के मंतर जप ले ए में बरबर दुखी तरल बा

डम डम के गोहर, बम बम के पुकार…..करे काम हर रोग में

डूब जो रे मनवा डमरुआ वाला जोग में….

डमरू के जोग में वियोग न बुझाई,

माया के ई जाल में न मन अझुराई….

डुबल जे पवले बा…. सफलता हर प्रयोग में…

डूब जो रे मनवा डमरुआ वाला जोग में…..

बर बर ज्ञानी लोग ज्ञान बतियाई

लईका अजामीन लेखा शिव के न पाई….

पावे वाला पावा त….. गृहस्तो रस्त भोग में

डूब जो रे मनवा डमरुआ वाला जोग में…..

बिना डूबले न कावर पैदल ढोवाई

शिव के जटा में नहीं गंगा समाई….

बुझला जवानी में….. त आई उप योग में

डूब जो रे मनवा डमरुआ वाला जोग में…..

Full View

गंगा जी नहईबो ए मईया (Ganga Ji Nahaibo Ye Maiya)

गंगा जी नहईबो ए मईया जलवा ले अईबो

हां ! गंगा जी नहईबो ए मईया जलवा ले अईबो

अंगना लिपईबो ए मईया कलशा धरईबो

अंगना लिपईबो ए मईया कलशा धरईबो !!

मालिन बोलईबो ए मईया ओढ़हुल मंगईबो

हां आ आ आ …!

मालिन बोलईबो ए मईया ओढ़हुल मंगईबो

ओही ओढ़हुलवा ए मईया तोहके लुभईबो

अंगना लिपईबो ए मईया कलशा धरईबो !!

अहीरू बोलईबो ए मईया दुधवा मंगईबो

हां आ आ ..!

अहीरू बोलईबो ए मईया दुधवा मंगईबो

खीरवा बनईबो ए मईया भोगवा लगईबो

अंगना लिपईबो ए मईया कलशा धरईबो !!

बभनु बोलईबो ए मईया पाठ पढ़वईबो

बभनु बोलईबो ए मईया पाठ पढ़वईबो

हवन करइबो ए मईया होमवा जरईबो

अंगना लिपईबो ए मईया कलशा धरईबो !!

Full View

Tags:    

Similar News